पिया जी के मुस्की

पिया जी के मुस्की लिरिक्स – Piya Ji Ke Muski Lyrics | Priyanka Singh

पिया जी के मुस्की भोजपुरी गाना है जिसे Priyanka Singh ने गाया है। इस गाने को Prafull Tiwari ने लिखा है जबकि संगीत Rajnish Mishra ने दिया है। इसे SRK Music यूट्यूब चैनल द्वारा जारी किया गया है।

पिया जी के मुस्की
पिया जी के मुस्की

पिया जी के मुस्की Piya Ji Ke Muski Lyrics in Hindi

  • Song : मुस्की – Muski
  • Singer : Priyanka Singh
  • Lyrics : Prafull Tiwari
  • Music : Rajnish Mishra

पिया जी के मुस्की Piya Ji Ke Muski Lyrics in Hindi

पिया मोर करारी जईसे पान के सुपारी हो रामा
करे रंगदारी उनके नैना बारी बारी हो रामा

आ आ आ ..!

पिया मोर करारी जईसे पान के सुपारी हो रामा
करे रंगदारी उनके नैना बारी बारी हो रामा
की जईसे बरे भकजोनी के रतिया में अंजोर रे सखी
की पिया जी के मुस्की
की पिया जी के मुस्की हमरा लागेला बेजोड़ रे सखी
की पिया जी के मुस्की हमरा लागेला बेजोड़ रे सखी

झार के चलेले जब उ अपना मिजाज में
रंग देले हमके रंगीला अंदाज में
जादू कईले भारी लूट गईल कन्या कुंवारी
ना चलल होशियारी सोझा उनके गईल मति मारी
जुड़ गईल बाटे नेहिया सनेहिया के सब डोर रे सखी
की पिया जी के मुस्की

की पिया जी के मुस्की हमरा लागेला बेजोड़ रे सखी
की राजा जी के मुस्की हमरा लागेला बेजोड़ रे सखी

उन्ही के धून में डूबल रहेला मनवा
एके पीस बनल बाड़े हमरो सजनवा

मन जोगे बलमुआ हम तs बहुते भाग से पईनी
उहे जिनगी में अईले जिनके हम तs सपना सजईनी
बसल बाड़े बन के अंखिया में कजरा के उ कोर रे सखी
की पिया जी के मुस्की

की पिया जी के मुस्की हमरा लागेला बेजोड़ रे सखी
की पिया जी के मुस्की हमरा लागेला बेजोड़ रे सखी

Leave a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Scroll to Top