Ae Bhole Baba

ए भोले बाबा – Ae Bhole Baba, Pawan Singh

Ae Bhole Baba खोली ना हो नयनवा वायरल भोजपुरी गाना है जिसे Pawan Singh  ने गाया है। इस गाने को Vijay Chauhan ने लिखा है जबकि संगीत Vicky Vox ने दिया है। इसे Maa Amma Films Bhakti  यूट्यूब चैनल द्वारा जारी किया गया है।

ए भोले बाबा खोली ना हो नयनवा
Ae Bhole Baba

ए भोले बाबाAe Bhole Baba Song Details

  • Album: Ae Bhole Baba
  • Song: ए भोले बाबा
  • Singer: Pawan Singh
  • Lyrics: Vijay Chauhan
  • Music: Vicky Vox
  • Music Label: Maa Amma Films Bhakti

ए भोले बाबा – Ae Bhole Baba Lyrics in Hindi

देखि ! कैलाश पर्वत पे
भोले बाबा गहरी नींद में सुतल बाड़े
बिहान हो गईल बा ऐ भईया
माता पार्वती जी कईसे भोले बाबा के जगावतानी
भाव बा !

कुहू कुहू बोलेले कोयलिया सगरो शोर होता
शोर होता !
उगले सुरुज देव जग में सगरो अंजोर होता
अंजोर होता !

आ दर्शन करे खातिर भक्तन के जुटनवा भईले ना
ऐ भोले बाबा खोली ना हो नयनवा
अब बिहनवा भईले ना
ऐ भोले बाबा खोली ना हो नयनवा !
अब बिहनवा भईले ना !!
बिहनवा भईले ना ! बिहनवा भईले ना !

रउवे इशारा पs चलेले ई धरतिया
रउवे हई संचालक जी
कईसे पोसईहे परानी के परनवा
सुतले रहीहे जब पालक जी
देखी ना परोसल बावे भंगिया के थाली

उठ जाई हाली हाली भोगवा लगाली
लिलरा ना लउके अंजोर की दिनचनवा भईले ना
ऐ भोले बाबा खोली ना हो नयनवा
अब बिहनवा भईले ना
ऐ भोले बाबा खोली ना हो नयनवा !
अब बिहनवा भईले ना !!

तुरी के ध्यान हाली कs ली स्नान
राउर जाटा हम ठीक से सजा दिहि
सउसे पहड़िया परल बाटे सून धून
डमरू के तनी सा बजा दिहि

मानी ऐ स्वामी जी अब हमरो कहलका
सभे भईल चिंतित देखी के सुतलका
हिले ना पतईयो अरे लागता उदास
पवनवा भईले ना

ऐ भोले बाबा खोली ना हो नयनवा
अब बिहनवा भईले ना
ऐ भोले बाबा खोली ना हो नयनवा !
अब बिहनवा भईले ना !!

ए भोले बाबा – Ae Bhole Baba Song

Leave a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Scroll to Top